Рет қаралды 2,101
गोरखपुर के दंगल गर्ल पुष्पा यादव से बतकही कईले के , आ आप सब तक पहुंचावे के सौभाग्य मिलल। गोरखपुर के कुसुमही जंगल के पास ए गो छोट गांव माड़ापार से निकरि के कुश्ती के विश्व फलक पर भारत के परचम बुलंद करे वाली पुष्पा अबहिन लखनऊ में पुलिस कांस्टेबल के पद पर तैनात बाड़ी ।पुष्पा यादव गोरखपुर आ पूरे प्रदेश के नाम रोशन कईले हई। पु्ष्पा एशियाई अंडर-23 एशियाई चैंपियनशिप में स्वर्ण पदक जीति के इतिहास रच दिहली ।
अईसन करे वाली ऊ गोरखपुर के पहली महिला पहलवान हई । बतकही में उनके एही सफर के बारे में उनसे बात भईल । उनकर कहानी हम सबके खातिर कुछ सीखे आ गर्व करे लायक बा । लईकी कऊनो माने में लड़िकन से कम नाही होली । पुष्पा के कहानी हम सब के ईहे बात बतावेले । आप एह एपिसोड के देखीं , लाईक करीं चैनल के सब्सक्राइब करीं आ शेयर जरूर करीं । जय भोजपुरी जय भोजपुरिया |
Connect us on Facebook - / 263579108407096
Instagram- / gorakhpuriyabhojpuria
KZbin - @GorakhpuriyaBhojpuria
E-Mail - gorakhpuriyabhojpuria@gmail.com
For making content like these connect to - viacamproductions11@gmail.com
Instagram - / viacamproductions
Whatsapp page - whatsapp.com/c...