Рет қаралды 9,383
।। खऊलत खून बहल नस नस में देख के गुलामी
जवानी पाकल मोच्छिया पे आयिल कुंवर के।।
______________________________________
नमस्कार बा भोजपुरिया समाज आ श्रोता के। ई गीत सन् 1985 में भोजपुरी के स्वर सम्राट श्री मुन्ना सिंह जी द्वारा सर्वप्रथम रामा कैसेट कंपनी से गईले रहीं। कुंवर जी के ई गीत " खऊलत खून बहल नस नस में देख के गुलामी, त जवानी पाकल मोच्छिया पे आयिल कुंवर के " रावा सब 80 के जमाना में जरूर सुनले होकब।
भोजपुरी जगत के प्रख्यात साहित्यकार आ गीतकार '' माधव पांडे निर्मल जी '' के लिखल इ गीत रहे आ 80 के दशक में बहुत धूम मचयिले रहे। बहुत सुपरहिट भयिल रहे ई मुन्ना जी के गीत।
बाद में इहे गीत के नकल करके बहूत सारा भोजपुरी गायक लोग अपना अपना अंदाज़ में आ अलग अलग कंपनी से गावल आ आजो गावता लोग। केहु फेसबुक पे गावत बा त केहु रिकॉर्डिंग स्टूडियो में गावत बा लेकिन ई बहुत खुशी के बात भी बा की भोजपुरी स्तंभ मुन्ना सिंह जी के गावल गीत उहाँ के बाद के गायक लोग गावत बा आ परंपरा के आगे बढावत बा। लेकिन कौनो गीत संगीत के ओरिजिनल धुन ही त असली पहचान होला।
रावा सब एक बार फिर से मुन्ना सिंह जी के आवाज़ में ई गीत के ओरिजिनल धुन और स्वर में सुनिजा।
गीत : जवानी पाकल मोच्छिया पे आयिल कुंवर के।
गायक : मुन्ना सिंह
गीतकार : माधव पांडे निर्मल
संगीत : मुन्ना सिंह
ओरिजिनल लेबल : रामा कैसेट कंपनी, 1985।